फ्रीडा पिंटो (जनम 18 अक्टूबर 1984) एक ठो भारतीय अभिनेत्री बाड़ी जे अबतकले मुख्य रूप से अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में काम कइले बाड़ी। मुंबई में पलल-बढ़ल पिंट, बचपने में ऐक्ट्रेस बने के सोच लिहली आ पढ़ाई के बाद, मॉडल आ टीवी प्रस्तुतकर्ता के काम कइली आ फिलिम ऐक्ट्रेस बन गइली।
पिंटो के 2008 में आइल ब्रिटिश फिलिम 'स्लमडॉग मिलियनेयर' में लतिका के रोल से पहिचान मिलल, पहिलिये फिलिम के बावजूद काम के बहुत तारीफ भइल, पाम स्प्रिंग इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में ब्रेकथ्रू परफौरमेंस अवार्ड मिलल, आ बाफ्टा के कई ठे श्रेणिन में नामांकन भइल। एकरे बाद ऊ कई ठे अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में लउकली आ इनके सभसे बड़ सफलता मिलल 'साइंस फिक्शन' फिलिम राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ एप्स (2011) से। पिंटो, माइकल विंटरबॉटम के फिलिम तृष्णा (2011) में मुख्य रोल कइली आ डेजर्ट डांसर (2014) में इनके परफारमेंस के समालोचक लोग भी सराहल।
बिदेसी फिलिम सभ में भारतीय नारी के रूढ़ पहिचान तूरे खातिर भारतीय मीडिया में इनके तारीफ जरूर भइल बाकी भारतीय सिनेमा में उनके कमे पहिचान मिलल बाटे। फिलिम कैरियर के आलावा ऊ नारी सशक्तीकरण आ मानवतावादी मुद्दा सभ के परमोशन से भी जुड़ल बाड़ी।
...कि सदाबहार फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति हवे जेह में आठ गो प्रजाति होलीं आ इनहन में से सात गो मैडागास्कर के मूल प्रजाति हईं जबकि एक ठो भारत-श्रीलंका के प्रजाति हवे।
...कि रसगुल्ला एगो भारतीय मिठाई ह जेकरे उत्पत्ती के अस्थान पर पच्छिम बंगाल आ उड़ीसा राज्यन के बीच में बिबाद बा आ बंगाली रसगुल्ला के जीआइ टैग मिलल बा?
...कि दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल चीन के सुझोऊ प्रांत में बाटे आ 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर ई पुल दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।
...कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।